आज के तारीख में जदि चंदन तिवारी , शैलेंदर मिसिर , सुरेन्दर कुमार , शारदा सिन्हा , भरत शर्मा , गोपाल राय आ कुछ एक गायक गायिका के छोड़ दिहल जाउ त युट्युब प अधिकतर गीत फगुआ के नाव प एकरुपता के ले ले बा , फुहरपन से भरल बा ।
अइसना समय में नियो बिहार , नितिन चंद्रा , नीतू चंद्रा , के टीम एह बिडियो ले के आइल बिआ । बलिया , युपी के शैलेंदर मिसिर के आवाज में सेमी क्लासिक , फोक के आवाज में फ्युजन , आशुतोष सिंह जी के संगीत से भरल एह विडियो गीत में नीतू चंद्रा आ मो. अली शाह के अभिनय बा ।
एक तरह से क्लासिकल आ फ्युजन के अदभुत प्रयोग बा , संगीत एकदम हट के , शैलेंन्दर के आवाज के बाजीगरी आ जादूगरी में कर्णप्रिय बन गइल बा । पहिले पहिल हम कइनी छठ आ फेरु चौथा क्लास के ड्राईंग के बाद फगुआ प एह विडियो के प्रस्तुति भोजपुरी गीत संगीत आ सिनेमा के क्षेत्र में बदलाव के दस्तक के पुरजोर तरिका से राख रहल बड़ुवे ।
Join our Telegram Channel https://t.me/eduvibeschannel
if you want to share your story or article for our Blog please email us at educratsweb@gmail.com >>